"पापा कहां जा तानी?, मुनिया पापा के सामान लेके बाहर जात देखके टोकलस ।
"बबुनी काम पर जा तानी"
"लेकिन पापा, रउआ इ बेमारी लाग जाई त! कोरोना वायरस के कारण सरकार सबकुछ बंद कर देले बा। लोग घर के बाहर नइखे निकलत फिर रउआ के काम के दी?", रजनी कहलस।
"बेटा, हम गरीब महामारी से बाद में भूख से पहिले मर जानी सन। सरकार त सबकुछ बंद कर देलस लेकिन अब हम सब गरीब मजदूर के घर चुल्हा कइसे जली, पेट के आग बुझावे खातिर त बाहर निकले के पड़ी नू। तू चिंता मत कर बबुनी अभी भी दुनिया में अईसन रईस लोग बा जे इ महामारी में भी आपन काम करवा ली।", रमुआ कहलस।
"ना पापा आज ही रमेश चाचा कहत रहलन कि सरकार गरीब के राशन दी और खाना के पैकेट के भी प्रबंध करी। एहिसे हमनी के चिंता करे के कौनो जरूरत नइखे।"
"अच्छा, इ त बहुत अच्छा बात बा, इ त बहुत अच्छा कदम उठइलेबा आपन सरकार। चलअ मजदूर अउरी गरीब अब इ महामारी में भूख से ना मरी", एतना कहके रमुआ आपन सामान रख देहलस।
प्रगति त्रिपाठी
0 likes
Support Pragati tripathi
Please login to support the author.
Comments
Appreciate the author by telling what you feel about the post 💓
No comments yet.
Be the first to express what you feel 🥰.
Please Login or Create a free account to comment.